ला भैया आ गईल ददरी के मेला ............. आज भोर में मुख्य नहान बा ,आ इहे बेरा से लोग सतुआ बाँध के आवे शुरू हो गईल बा ,आज शाम के गंगा जी के बहुत ही सुंदर आरती होखे वाला बा .काशी से पंडित और आरती करे वाला लोग आ गायेल बा लोग ,एक दम गर्दा के व्यवस्था बा .
ददरी में पूर्णिमा के दिन नहान कर के बाबा भृगु मुनि के दर्शन करे के बिधान बा ,संगे संगे बाबा बालेश्वर नाथ के चरणों में माथा नवावे के चाही सब अगला पिछला जनम सवारथ हो जाला ,कार्तिक पूर्णिमा के पूर्व संध्या पर सब भाई लोगन के बहुत बहुत शुभकामनाये .
बोले बोले भृगु बाबा के जय ,
जय हो ऋषि दरदर मुनि की जय हो भृगु बाबा की जय हो जय हो !
ReplyDeleteददरी मेला के बाते निराला बा , ददरी मेला के हम मिस करत बानी लेकिन उमेद बा की रउवा आंखी हम देख लेब ।
जय हो जय भोजपुरी
Bahut badhiya...aananad uthain sabhey....
ReplyDelete